कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह केस 11,610

लखनऊ

पिछिला 24 घंटा में 10 जून रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 275 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 11,610 केस हो गइल बा।

आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 4,318 केस एक्टिव बा अउरी अबले 6,971 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 302 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 20 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 321 हो गइल बा।

उत्तर प्रदेश में आज के कोरोना वायरस संक्रमण के बढ़े वाली संख्या अबले के सभसे बेसी बा। सभसे बेसी 5 जून के 496 केस बढ़ल रहल।

उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 3,91,286 टेस्ट भइल बा। आबादी के हिसाब से ई संख्या बहुत कम बा।

Related posts

Leave a Comment

4 × one =