कोरोना वायरस: यूपी-हरियाणा कइलें दिल्ली से लागत बार्डर सील

नई दिल्ली

दिल्ली में पिछिला दू दिन लगातार कोरोना वायरस संक्रमण के केसन में रिकार्ड वृद्धि भइल बा। 27 मई के दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण 792 अउरी 28 मई के 1024 नया केस आइल।

पिछिला दस दिन से दिल्ली में लगातार कोरोना वायरस संक्रमण के 500 से अधिका केस आ रहल बा। एकरा कारन दिल्ली सरकार सहित केन्द्र सरकार अउरी राज्य चिन्ता में आ गइल बाड़ें। अबले दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण कुल्ह 16,281 आइल बा।

दिल्ली में लगातार भारी संख्या में केसन कोरोना वायरस संक्रमण के केसन के बढ़ला से उत्तर प्रदेश गाज़ियाबाद अउरी नोएडा से लागत दिल्ली बार्डर सील कऽ देले बा।

उत्तर प्रदेश के रास्ता पऽ चलत हरियाणा गुड़गाँव अउरी फरीदाबाद से लागत दिल्ली बार्डर सील कऽ देले बा।

Related posts

Leave a Comment

3 × 3 =