कोरोना वायरस: बिहार में कोरोना के 233 केस बढ़ल

पटना

पिछिला 24 घंटा में में आज 6 जून साँझ ले बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के 233 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 4,831 केस हो गइल बा।

आज बिहार में कुल्ह 2,504 केस एक्टिव बा। अब ठीक होखे वाला मरीजन संख्या बढ़ि के 2,298 हो गइल बा। बाकिर एह समय में कुल्ह 29 लोगन के मउत भइल बा। बढ़िया बात ई बा कि पिछिला दू दिन से केहू के म उत नइखे भइल।

बिहार में अब ले सभसे बेसी बढ़त 20 मई के 257 केस बढ़ल रहल।

बिहार में अब ले कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 95,473 टेस्ट भइल बा अउरी प्रति हजार अबादी पऽ देश में सभसे कम टेस्ट करे वाला प्रदेशन में एगो प्रदेश बा। बिहार रोज खाली 3000 के आसपास टेस्ट करत बा।

Related posts

Leave a Comment

eight + 20 =