कोरोना वायरस: बिहार में कोरोना के 94 केस बढ़ल

पटना

पिछिला 24 घंटा में में आज 4 जून साँझ ले बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के 94 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 4,420 केस हो गइल बा।

आज बिहार में कुल्ह 2,370 केस एक्टिव बा। अब ठीक होखे वाला मरीजन संख्या बढ़ि के 2,025 हो गइल बा। बाकिर एह समय में कुल्ह 25 लोगन के मउत हो गइल बा।

बिहार में अब ले सभसे बेसी बढ़त 20 मई के 257 केस बढ़ल रहल।

बिहार में अब ले कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 95,348 टेस्ट भइल बा अउरी प्रति हजार अबादी पऽ देश में सभसे कम टेस्ट करे वाला प्रदेशन में एगो प्रदेश बा।

Related posts

Leave a Comment

seven − 1 =