पटना
पिछिला 24 घंटा में में आज 3 जून साँझ ले बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के 230 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 4,326 केस हो गइल बा।
आज बिहार में कुल्ह 2,276 केस एक्टिव बा। आज रिकार्ड 222 मरीजन के डिस्चार्ज कइल गइल हऽ। अब ठीक होखे वाला मरीजन संख्या बढ़ि के 2,225 हो गइल बा। बाकिर एह समय में कुल्ह 25 लोगन के मउत हो गइल बा।
बिहार में अब ले सभसे बेसी बढ़त 20 मई के 257 केस बढ़ल रहल।
बिहार में अब ले कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 84,729 टेस्ट भइल बा अउरी प्रति हजार अबादी पऽ देश में सभसे कम टेस्ट करे वाला प्रदेशन में एगो प्रदेश बा।