कोरोना वायरस: बिहार में कोरोना के 100 केस बढ़ल

पटना

पिछिला 24 घंटा में 18 जून साँझ ले बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के 100 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 7,040 केस हो गइल बा।

आज बिहार में कुल्ह 2,035 केस एक्टिव बा। अब ठीक होखे वाला मरीजन संख्या बढ़ि के 4,961 हो गइल बा। आज 5 मरीज के मउत भइला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कारन कुल्ह 44 लोगन के मउत हो गइल बा।

बिहार में अब ले सभसे बेसी बढ़त 20 मई के 257 केस बढ़ल रहल।

बिहार में अब ले कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 1,39584 टेस्ट भइल बा अउरी प्रति हजार अबादी पऽ देश में सभसे कम टेस्ट करे वाला प्रदेशन में एगो प्रदेश बा। बिहार रोज खाली 3000 के आसपास टेस्ट करत बा।

Related posts

Leave a Comment

11 − 5 =