कोरोना वायरस: दिल्ली में 1,366 केस बढ़ल, कुल्ह संख्या 31,309

नई दिल्ली

पिछिला 24 घंटा में 9 जून रात ले दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के सभसे बेसी 1,366 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 31,309 केस हो गइल बा।

आज दिल्ली में कुल्ह 18,543 केस एक्टिव बा अउरी अबले 11,861 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर 31 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 905 हो गइल बा।

दिल्ली में 3 जून के कोरोना वायरस संक्रमण के एकरा पहिले सभसे बेसी 1,513 केस बढ़ल रहल।

दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 2,61,079 टेस्ट भइल बा।

 247 total views,  1 views today

Related posts

Leave a Comment