नई दिल्ली
पिछिला 24 घंटा में दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के रेकार्ड 792 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 15,257 केस हो गइल बा।
एह केसन में 7690 केस एक्टिव बाड़ी अउरी अबले 7264 लोगन ठीक हो गइल बा। बाकिर एह समय में कुल्ह 303 लोगन के मउत हो गइल बा।
792 केसन के बढ़त अब ले सभसे बेसी बढ़त बा। एकरा पहिले 22 मई के 660 केस बढ़ल रहल।
🏥Delhi Health Bulletin – 27th May 2020🏥#DelhiFightsCorona pic.twitter.com/g5uOyzZs9W
— CMO Delhi (@CMODelhi) May 27, 2020