नई दिल्ली
पिछिला 24 घंटा में दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के सभसे बेसी 1,513 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 23,645 केस हो गइल बा।
आज दिल्ली में कुल्ह 13,497 केस एक्टिव बा अउरी अबले 9,542 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर 59 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 606 हो गइल बा।
दिल्ली में 2 जून के कोरोना वायरस संक्रमण के एकरा पहिले सभसे बेसी 1,298 केस बढ़ल रहल।
दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 2,23,607 टेस्ट भइल बा।
🏥Delhi Health Bulletin – 3rd June 2020🏥#DelhiFightsCorona pic.twitter.com/m3T3Y7a5lP
— CMO Delhi (@CMODelhi) June 3, 2020