कोरोना वायरस: दिल्ली में 2,877 केस बढ़ल, कुल्ह संख्या 49979

नई दिल्ली

पिछिला 24 घंटा में 18 जून रात ले दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी सभसे बेसी 2,877 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 49,979 केस हो गइल बा।

आज दिल्ली में कुल्ह 26,669 केस एक्टिव बा अउरी अबले 21,341 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर पिछिला 24 घंटा में 18 जून रात ले दिल्ली में 65 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 1,969 हो गइल बा।

दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 3,21,302 टेस्ट भइल बा।

Related posts

Leave a Comment

nineteen + 9 =