नई दिल्ली
पिछिला 24 घंटा में 17 जून रात ले दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी सभसे बेसी 2,414 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 47,102 केस हो गइल बा।
आज दिल्ली में कुल्ह 27,741 केस एक्टिव बा अउरी अबले 17,457 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर पिछिला 24 घंटा में 16 जून रात ले दिल्ली में 67 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 1,904 हो गइल बा।
दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 3,12,576 टेस्ट भइल बा।
8,653 total views, 9 views today