नई दिल्ली
पिछिला 24 घंटा में 16 जून रात ले दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी सभसे बेसी 1,859 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 44,688 केस हो गइल बा।
आज दिल्ली में कुल्ह 26,351 केस एक्टिव बा अउरी अबले 16,500 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर पिछिला 24 घंटा में 16 जून रात ले दिल्ली में 437 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 1,837 हो गइल बा।
दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 3,04,483 टेस्ट भइल बा।