कोरोना वायरस: दिल्ली में 1,647 केस बढ़ल, कुल्ह संख्या 42,829

नई दिल्ली

पिछिला 24 घंटा में 15 जून रात ले दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी सभसे बेसी 1,647 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 42,829 केस हो गइल बा।

आज दिल्ली में कुल्ह 25,002 केस एक्टिव बा अउरी अबले 16,427 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर 73 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 1,400 हो गइल बा।

दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 2,96,697 टेस्ट भइल बा।

 586 total views,  1 views today

Related posts

Leave a Comment