कोरोना वायरस: दिल्ली में 2,224 केस बढ़ल, कुल्ह संख्या 41,182

नई दिल्ली

पिछिला 24 घंटा में 14 जून रात ले दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी सभसे बेसी 2,224 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 41,182 केस हो गइल बा।

आज दिल्ली में कुल्ह 24,032 केस एक्टिव बा अउरी अबले 15,823 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर 56 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 1,327 हो गइल बा।

दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 2,90,592 टेस्ट भइल बा।

 706 total views,  2 views today

Related posts

Leave a Comment