कोरोना वायरस: दिल्ली में 1,877 केस बढ़ल, कुल्ह संख्या 34,687

नई दिल्ली

पिछिला 24 घंटा में 11 जून रात ले दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के सभसे बेसी 1,877 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 34,687 केस हो गइल बा।

आज दिल्ली में कुल्ह 20,871 केस एक्टिव बा अउरी अबले 12,731 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर 101 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 1,085 हो गइल बा।

दिल्ली में 3 जून के कोरोना वायरस संक्रमण के एकरा पहिले सभसे बेसी 1,513 केस बढ़ल रहल।

दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 2,66,156 टेस्ट भइल बा।

Related posts

Leave a Comment

four × two =