कोरोना वायरस: दिल्ली में 1,501 केस बढ़ल, कुल्ह संख्या 32,810

नई दिल्ली

पिछिला 24 घंटा में 10 जून रात ले दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के सभसे बेसी 1,501 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 32,810 केस हो गइल बा।

आज दिल्ली में कुल्ह 19,541 केस एक्टिव बा अउरी अबले 12,245 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर 79 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 984 हो गइल बा।

दिल्ली में 3 जून के कोरोना वायरस संक्रमण के एकरा पहिले सभसे बेसी 1,513 केस बढ़ल रहल।

दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 2,61,079 टेस्ट भइल बा।

 684 total views,  2 views today

Related posts

Leave a Comment