नई दिल्ली
पिछिला 24 घंटा में दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के 990 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 20,834 केस हो गइल बा।
आज दिल्ली में कुल्ह 11,603 केस एक्टिव बा अउरी अबले 8,746 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर 12 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 485 हो गइल बा।
दिल्ली में 31 मई के कोरोना वायरस संक्रमण के सभसे बेसी 1,295 केस बढ़ल रहल।
आज चार दिन बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के एक हजार से कम केस मिलल बा।