कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह 6,991 केस भइल

लखनऊ

पिछिला 24 घंटा में आज 27 मई साँझ ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के 267 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 6,991 केस हो गइल बा।

आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 2,818 केस एक्टिव बा अउरी अबले 3,991 लोगन ठीक हो गइल बा। आज 167 मरीज ठीक भइलें हँ। बाकिर 5 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 182 हो गइल बा।

उत्तर प्रदेश में अब ले सभसे बेसी बढ़त 21 मई के 340 केस बढ़ल रहल।

उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 2,40,588 टेस्ट भइल बा। आबादी के हिसाब से ई बहुत कम बा।

Related posts

Leave a Comment

seventeen + ten =