केन्द्रीय बजट 2020

नई दिल्ली

आज केन्द्रीय वित्तमंत्री निर्मला सीतारमण लोकसभा में वित्तीय वर्ष 2020-21 खाती बजट पेश कइली हऽ। एह बजट में सभकरा खाती कुछ ना कुछ बा। देखीं

यातायात

सरकार यातायत संरचना खाती ₹1.7 करोड़ हाईवे अउरी रेलवे के विकास खाती खरच होई। मुम्बई-दिल्ली एक्सप्रेस वे के अलावा दूगो अउरी एक्सप्रेसवे के विकास 2023 से होई। 100 नया एयरपोर्ट के विकास होई आ जहाजन के संख्या दुगुना कइल जाई।

खेती अउरी सिंचाई

खेती अउरी सिंचाई के क्षेत्र में आधारभूत संरचना के विकास खाती सरकार अगामी वित्तीय वर्ष में ₹2.83 लाख करोड़ खरच करी। सेल्फ हेल्प ग्रुप के मदद से सरकार गाँवन में कोल्ड स्टोर बनवाई।

पेयजल

भारतीय घरन में पाइप से पियेवाला जल उपलब्ध करावे खाती सरकार ₹3.60 लाख करोड़ खरच करी।

ग्रामीण क्षेत्र

ग्रामीण क्षेत्र अउरी पंचायतीराज के विकास खाती सरकार अगिला वित्तीय वर्ष में ₹1.23 लाख करोड़ खरच करी।

स्वच्छ भारत मिशन

सरकार आगामी वित्तीय वर्ष में अपनी फ्लैगशीप योजना स्वच्छ भारत मिशन पऽ ₹ 12300 करोड़ खरच करी।

नेशनल लॉजिस्टिल पॉलिसी

सरकार माल ढ़ुलाई के बेहतर बनावे अउरी छोट प्रतिष्ठानन के मदद खाती नेशनल लॉजिस्टिल पॉलिसी के घोषणा करी।

पाइपलाइन

आगामी वित्तीय वर्ष में सरकार गैस पाइपलाइन के लम्बाई 16200 किलोमीटर से बढ़ाके 27000 किलोमीटर ले करी।

डिपॉजिट इंश्योरेंस एक लाख से पाँच लाख

सरकार डिपॉजिट इंश्योरेंस एक लाख से बढ़ा के पाँच लाख कऽ देले बे।

टैक्स स्लैब में बदलाव

सरकार पर्शनल टैक्स स्लैब में बदलाव कइले बे।

Related posts

Leave a Comment

3 + 11 =