केजरीवाल कइलें हिन्दू-मुस्लिम वीडियो ट्वीट, चुनाव आयोग के नोटिस

अरविन्द केजरीवाल

अरविन्द केजरीवालनई दिल्ली

8 फरवरी के चुनाव होखे से एक दिन पहिले चुनावा आयोग दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल के एगो नोटिस भेजि के काल्ह 8 फरवरी शनिचर के सांझ 5 बजे ले जवाब देबे के कहले बा।

3 फरवरी के मुख्यमंत्री केजरीवाल एगो हिन्दू-मुस्लिम के बात करे वाला वीडियो ट्वीट कइले रहलें। अगिला दिने भाजपा केजरीवाल के खिलाफ चुनाव आयोग से एकर शिकायत कइले रहे। एही दिसाईं चुनाव आयोग केजरीवाल के नोटिस भेजले बा।

मालूम होखो कि शाहीन बाग में सीएए के खिलाफ चल रहल धरना प्रदर्शन के देखत सगरी पार्टी भाजापा, आप अ उरी कॉग्रेस एक दुसरा पऽ एह चुनाव में धार्मिक ध्रुवीकरण करे आरोप लगा रहल बाड़ी सऽ।

Related posts

Leave a Comment

eighteen − 4 =