भोजपुरी समय, छपरा: छपरा जिला के डीएम सुब्रत कुमार सेन मंगलवार के एगो प्रेस वार्ता में कहलन ह कि पीएम किसान सम्मान निधि योजना के फायदा लेवे वाले वालन के किसान क्रेडिट कार्ड से जोडल जाई। एकरा खातिर बुधवार से 15 दिन खातिर विशेष अभियान चलावल जाई। उ बतइल है कि 12 फरवरी से 27 फरवरी तक चले वाला ऐ विशेष अभियान में किसान क्रेडिट कार्ड के फायदा लेवे वालन के बैंक से बात करके ए योजना से जोड़े वाला के हौसला बढ़ावल जाई।
डीएम सचिवालय के सभागार में आयोजित प्रेस वार्ता में बतइलन कि भारत सरकार सभी फायदा लेवे वालन के किसान क्रेडिट कार्ड से जोडे के निर्णय लेलेबा जावना में 3 लाख तक के केसीसी पर प्रोसेसिंग, डाक्मेंटेशन, जांच अउरी लेजर फेल्योर चार्ज के माफ कर दिहल जाई। ऐ योजना से जोडे खातिर जिला के लगभग 3 लाख 75 हजार किसानन के बैंक खाता में लगभग 1 करोड़ 80 लाख रूपिया भेज दिहल गइल बा।