का भइल लोकपाल? पीएम मोदी कइले दिल्ली सरकार से सवाल

भोजपुरी समय, नई दिल्ली: दिल्ली चुनाव में भाजपा के ओर से प्रचार करे खातिर जब प्रधानमंत्री मोदी मैदान में उतरले त विपक्ष के विशेष रूप से आप पार्टी के मुखिया आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जमके कठघरा में खड़ा कइले। पूर्वी दिल्ली के कड़कड़डूमा के सीबीडी मैदान में अपना पहिलका रैली में ही मोदी विपक्ष के बता दिहले की प्रचार के मैदान में उहो उतर गइल बाड़े।

एह रैली में पीएम लोकपाल के मुद्दा उठवले आ रहले कि दिल्ली के जनता के आजो लोकपाल के बेरा जोह रहल बा। ऊ कहले कि दिल्ली के मुख्यमंत्री एजा के जनता से पांच बरिस पहिले जवन वादा कइले ररले ओहमें से एको पूरा ना भइल। जबकि लोकपाल खातिर बहुते बड़ आंदोलन भी भइल रहे। एकरा  के लेके बहुत कुछ वादा भी कइल गइल रहे, आखिर ऊ सभ वादा के का भइल।

Related posts

Leave a Comment

4 × 1 =