नई दिल्ली
लगातार कईगो विधानसभा चुनावन के हार कारन भाजपा दिल्ली विधानसभा चुनाव के जीते खाती आपन पुरा जोर लगा देले बे। एह दिसाईं भाजपा सगरी बड़ से ले के छोटहन नेता प्रचार के काम लागि ग इल बाड़े।
केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह काल्ह एतवार के दिल्ली के बुराड़ी आ कैंट चुनाव प्रचार करिहें। कैंट इलाका महा जनसंपर्क अभियान के अहत डोर-टू-डोर कैपेन चलइहें तऽ बुराड़ी में साँझि खा चुनाव रैली करिहें।
परसो सोमार तीन फरवरी के प्रधानमंत्री के दिल्ली विधानसभा चुनाव के दिसाईं कड़कड़डूमा के सी. बी. डी. ग्राउंड में चुनावी रैली बा। एह विधान सभा में प्रधानमंत्री के ई पहिला चुनावी रैली हऽ।
आज उत्तर प्रदेश मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दिल्ली में सभा कइलन हऽ। जबकि केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह अउरी भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा पिछला कई दिन से चुनाव में लागल बाड़े।
[…] काल्ह भाजपा के महाजनसंपर्क अभियान […]