करॉना वायरस से मरे वालन के संख्या सौ से ऊपर

बिजिंग

चीनी समाचार एजेंसीयन के हिसाब से चीन में करॉना वायरस से मरे वाला मरीजन के संख्या सौ से ऊपर पहुँच गइल बा। चीनी नेशनल हेल्थ कमीशन के हिसाब से चीन में अबले करॉना वायरस से संक्रमित मरीजन के संख्या 2800 से अधिका हो गइल बा।

चीन में फइलल खतरनाक करॉना वायरस धीरे-धीरे सगरी दुनिया में आपन पाँव फइलावे  शुरू कऽ देले बा। समाचार सूचना के हिसाब से भारत सहित अनेक देशन में एकर संदिग्ध मरीज पावल गइल बाड़े।

अमेरीका अपना नागरिकन से चीन यात्रा से बचे के सलाह जारी कइले बा। उम्मीद बा कि जल्दिए बाकी देशो अइसन सुझाव अपना नागरिकन खाती जारी करिहन सऽ।

करॉना वायरस के संक्रमण के कारन शेयर बाजार, तेल के कीमत अउरी चीनी मुद्रा युआन में भारी गिरावट देखे के मिलत बा।

 

Related posts

Leave a Comment

nine − four =