करॉना पुरा दुनिया में फइलल, संक्रमितन के संख्या 30 हजार पार

corona virus

corona virusबेजिंग

चीनी सरकारी अधिकारिन के हिसाब से करॉना वायरस से मरे वाला लोगन के संख्या 563 हो गइल बा। बाकिर टेनसेंट के एगो रिपोर्ट के हिसाब से ई संख्या 24 हजार से बेसी हो गइल बा।

दुनिया भऽ के देशन के आधाकारिक आकाड़ा के हिसाब से सगरी दुनिया में अबले लगभग 30 हजार लोग करॉना वायरस से संक्रमित हो चुकल बा। समाचार एजेंसीन के हिसाब से लगभग 27 देशन में करॉना से संक्रमित मरीज पावल गइल बाड़े।

सगरी दुनिया में चीन से लौटे वाला यात्रीन के देश में घुसे से पहिले स्क्रीनिंग कइल जाता। अउरी तनिको सुबहा भइला पऽ यात्रीन के आइसोलेशन सेंटर में रखल जाता।

समाचार माध्यमन के हिसाब से भारत के अलग-अलग हिस्सन में करॉना वायरस से संक्रमित मरीज मिले के रिपोर्ट आ रहल बा।

वर्ल्ड हेल्थ आर्गेनाईजेशन करॉना वायरस के पहिलहीं अंतर्राष्ट्रीय आपदा घोषित कऽ देले बा।

Related posts

Leave a Comment

five × 2 =