दिल्ली सरकार केअनुमति, कन्हैया कुमार पऽ चली देशद्रोह के ममिला

कन्हैया कुमार

कन्हैया कुमारनई दिल्ली

जवाहरलाल नेहरू यूनिवर्सिटी (जेएनयू) में छात्र यूनियन के प्रोग्राम में लागल देश विरोधी नारा के संबन्ध काल्ह 28 फरवरी के दिने दिल्ली सरकार राजद्रोह के मुकदमा चलावे के मंजूरी दे देले बिया।

चार साल पुरान मामिला में दिल्ली सरकार जेएनयू के ओह समय के अध्यक्ष कन्हैया कुमार सहित दस जना के खिलाफ राजद्रोह के मुकदमा चलाने के मंजूरी देले बिया। मालूम होखे के चाहीं कि दिल्ली सरकार एह ममिला में मुकदमा चलावे मंजूरी बहुत लमहर समय से लटकवले रहलि हऽ।

9 फरवरी 2016 के जेएनयू कैम्पस में एगो कार्यक्रम के दौरान देश विरोधी नारा लगावल गइल रहे। कन्हैया, उमर खालिद अउरी अनिर्बान सहित दस लोग एह नारा के समर्थन देले रहे।

सीपीआई नेता कन्हैया कुमार बेगुसराय संसदीय क्षेत्र से केन्द्रीय मंत्री गिरिराज किशोर के खिलाफ  2019 के लोकसभा चुनाव लड़ल रहलन जेवना में कन्हैया बहुत बुरा तरह से चुनाव हारल रहलन।

Related posts

Leave a Comment

18 − fifteen =