ए हफ्ता तीन दिन बैंक बंद

नई दिल्ली

सरकारी बैंक कर्मचारिन के संगठन यूनाइटेड फोरम ऑफ बैंक यूनियन्स (यूएफबीयू) 31 जनवरी अउरी 1 फरवरी के हड़ताल बोलवले बा। 2 फरवरी के एतवार बा। एसे लगातार तीन सरकारी बैंक बंद रहीहें सऽ।

यूनाइटेड फोरम ऑफ बैंक यूनियन्स (यूएफबीयू) नाम ई निकाय ऑल इंडिया बैंक आफिसर्स कान्फेडरेशन (एआईबीओसी), ऑल इंडिया बैंक एम्प्लायज एसोसिएशन (एआईबीईए) और नेशनल आर्गनाइजेशन ऑफ बैंक वर्कर्स लगायत 9 कर्मचारी संगठनन के सामुहिक संगठन हऽ।

बैंक कर्मचारी संगठन नवंबर 2017 से कर्मचरीन के वेतन बढावे के माँग कर रहल बा। एकरा पहिले 8 जनवरी संगठन हड़ताल बोलवले रहे।

 

Related posts

Leave a Comment

eleven + sixteen =