नई दिल्ली
काल्ह 29 फरवरी शनिचर के एस एन श्रीवास्तव दिल्ली पुलिस कमिश्नर पद भार सम्हार लिहलें हँ। एस एन श्रीवास्तव कहलें हँ कि दिल्ली में शान्ति बहाल कइल उनकर पहिला प्राथमिकता बा। एह खाती दिल्ली पुलिस मैसिव आउटरिच के कार्यक्रम शुरु कइले बिया।
दिल्ली के पूर्व कमिश्नर अमूल्य पटनायक काल्ह 29 फरवरी के दिल्ली पुलिस कमिश्नर के पद से रिटायर हो गइलन हँ।
गृह मंत्रालय के मंजूरी दिहला के बाद दिल्ली के उपराज्यपाल अनिल बैजल एसएन श्रीवास्तव के दिल्ली के कमिश्नर बनावे के दिसाईं आदेश जारी कऽ देले बाड़ें।
एस एन श्रीवास्तव उत्तर प्रदेश कैडर के 1985 बैच के आईपीएस हवन। एकरा पहिले ऊ दिल्ली के स्पेशल कमिश्नर (लॉ एंड आर्डर) के पद पऽ रहलहन।