एयर इंडिया में सरकार आपन शत प्रतिशत हिस्सेदारी बेची

नई दिल्ली

कर्ज के बोझ से दबाइल नोकसान में चलत सरकारी एयरलाइन एयर इण्डिया में सरकार आपन सगरी हिस्सेदारी बेचेके निरनय ले ले बिया। सरकार एह दिसाईं 27 जनवरी सोमार के बोली लगावे वाला कागज जारी कऽ देले बिया। बोली लगावे के इच्छुक पार्टी 17 मार्च ले आपन रुचिपत्र जमा करा सकेला।

पिछिला दू साल में सरकार के ई दोसरा परियास बा एह कंपनी के विनिवेश के प्रक्रिया शुरू करे के। पिछिला बेर ई प्रक्रिया पर्याप्त रुचिपत्र ना मिलला के कारन ना शुरू हो पावल।

सरकार एयर इण्डिया के मुनाफा में चलत अनुषंगी कम्पनी एयर इण्डिया एक्सप्रेस के संगहीं विनिवेश करी। एकरा अलावा एयर इण्डिया सैट्स एयरपोर्ट सर्विसेज संयुक्त उद्यम के 50 प्रतिशत हिस्सेदारी बेची।

Related posts

Leave a Comment

one × four =