नई दिल्ली
आज दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 संपन्न हो गइल। एह चुनाव में अब तक सूचना के हिसाब से 57 प्रतिशत वोट पोल भइल बा। ई चुनाव दिल्ली के मुख्यमत्री अरविन्द केजरीवाल के काम बनाम बाकी सगरी मुद्दा पऽ लड़ल गइल बा।
चुनाव संपन्न भइला के बाद न्यूज चैनलन पऽ जारी भइल सगरी एक्जिट पोलन में चुनाव परिणाम एकतरफा लउकत बा। एह एक्जिट पोलन के औसत के हिसाब से आम आदमी पार्टी के 52 सीट मिलत लउकत बा। ओही जा भाजपा के के17 सीट अउरी कॉग्रेस के 1 सीट मिले के उम्मीद जतावल जाता।
एह चुनाव में भाजपा आपन पूरा ताकत लगा देले रहलि हऽ। 2015 में संपन्न भइल विधानसभा चुनाव में आप के 70 सीटन में 67 सीट मिलल रहल अउरी भाजपा के केंचुए सीट मिलल रहे। बाकिर कॉग्रेस के एको सीट ना मिल पावल।