एंजेला मर्केल ना शामिल होइहें जी-7 के समिट में

नई दिल्ली

जर्मनी के चांसलर एंजेला मर्केल अमेरीका के अध्यक्षता में 10 जून से 12 जून ले कैंप डेविड में होखे वाला जी-7 के शिखर सम्मेलन में शामिल होखे से इन्कार कऽ देले बाड़ी।

अमेरीका में कोरोना वायरस संक्रमण के ममिला बढ़त जात बा। अब ले अमेरीका में कुल्ह 17,94,153 ममिला सोझा आइल बा। कोरोना के बढ़त प्रकोप के देखत जर्मनी के चांसलर एंजेला मर्केल ई निर्यण ले ले बाड़ी।

ई शिखर सम्मेलन पहिले होखे के रहे बाकिर कोरोना के देखत एके टार दिहल रहल हऽ। जी-7 सात विकसित अर्थव्यवस्था; यूएस, यूनाइटेड किंगडम, फ्रांस, जर्मनी, इटली, जापान अउरी कनाडा के समूह हऽ।

Related posts

Leave a Comment

eight + 1 =