नागरिकता साबित कइल मुश्किल, महाराष्ट्र में ना लागू होई एनआरसी – उद्धव ठाकरे

मुम्बई

महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे शिवसेना के मुखपत्र सामना में अपनी साक्षात्कार में कहलन हऽ कि महाराष्ट्र में राष्ट्रीय नागरिक रजिस्टर (NRC) ना लागू होई।

उद्धव ठाकरे अपनी साक्षात्कार में नागरिकता संशोधन अधिनियम (CAA) पऽ आपन रुख साफ करत कहलन हऽ कि सीएए नागरिकता छीने के बारे में नइखे। बलुक ई नागरिकता देबे के बारे में बा। सीएए पऽ देश भर में बवाल के बीच उद्धव ठाकरे के ई बयान केन्द्र सरकार खाती राहत के बात बा।

हालाँकि एनआरसी पऽ आपन रुख साफ करत कहलन कि महाराष्ट्र में एनआरसी लागू ना होई। चाहें हिन्दू होखे भा मुस्लिम केहू खाती नागरिकता साबित कइल मुश्किल होई। हम अइसन ना होखे देइब।

Related posts

Leave a Comment

5 × 3 =