नई दिल्ली
आम आदमी पार्टी (AAP) चुनाव आयोग से उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के दिल्ली में चुनाव प्रचार पऽ रोक लगावे के माँग कइले बे। पिछला कई दिन से आप भाजपा के कई नेतन के बयान पऽ सवाल उठवले बे।
आप के दिल्ली विधानसभा चुनाव प्रभारी अउरी राज्यसभा सांसद संजय सिंह योगी आदित्यनाथ के बोली से ना तऽ गोली से मान जाए वाला बयान पऽ सवाल उठवले बाड़े।
आप चुनाव आयोग पऽ समय ना देबे के आरोप लगवले बा। एह कारन संजय सिंह के संगे आप के नेता दिल्ली चुनाव आयोग के कार्यालय पऽ काल्ह धरना दीहें।