नई दिल्ली
एसोसियशन फॉर डेमोक्रैटिक रीफॉर्म्स Association for Democratic Reforms (ADR) दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 में लड़े वाला प्रमुख पार्टीन के उम्मीदवारन दाखिल कइल हलफनामा के जाँच कऽ के एगो रिपोर्ट जारी कइले बे। एह रिपोर्ट में उम्मीदवारन के आपराधिक रिकॉर्ड हरान करे वाला बा।
ADR के हिसाब से आम आदमी पार्टी (AAP) के 70 उम्मीदवारन में से 36 (51%) पऽ गंभीर आपराधिक मामला दर्ज तऽ 42 (60%) उम्मीदवारन पऽ आपराधिक मामला दर्ज बा।
भारतीय जनता पार्टी (बीजेपी) के 67 उम्मीदवारन में से 17 (25%) पऽ गंभीर आपराधिक मामला दर्ज बा तऽ ओही जा 26 (39%) उम्मीदवारन पऽ आपराधिक मामला दर्ज बा।
कॉग्रेस के 66 उम्मीदवारन में से 13 (20%) के खिलाफ गंभीर आपराधिक मामला दर्ज बा तऽ 18 (27%) उम्मीदवारन पऽ आपराधिक मामला दर्ज बा।