आप के डर बा कि भाजपा शाहीन बाग के प्रदर्शन के फायदा उठाई

नई दिल्ली

आम आदमी पार्टी आप के डर बा कि भारतीय जनता पार्टी भाजपा शाहीन बाग में सीएए, एनआरसी अउरी एनपीआर के खिलाफ होखे वाला धरना प्रदर्शन के फायदा दिल्ली विधानसभा में उठा॥

आप के वरिष्ठ नेता अउरी राज्यसभा सांसद संजय सिंह के दावा बा कि भाजपा शाहीन बाग के प्रदर्शन के फायदा उठाई। संजय सिंह शाहीन बाग के प्रदर्शनकारिन से अनुरोध करत अपनी बयान में कहलन ”मुम्बई में आज कई प्रदर्शनकारी आपन प्रदर्शन खत्म कऽ दिहलन। हमरा लागता कि इहे सही समय बा कि प्रदर्शन के आयोजक अपनी बुद्धि के परियोग करो ताकि भाजपा के हिंसा के सहारे फायदा उठावे एजेंडा सुफल ना हो पाए। रउआँ सभ के अपना प्रदर्शन के बारे में विचार करे के चाहीं।”

शाहीन बाग में पिछला डेढ़ महीना से अधिका समय से सीएए के खिलाफ सड़क रोकि के धरना-प्रदर्शन हो रहल बा। जेवना कारन शाहीन बाग के आसपास के इलाका में रहे वाला लोगन के बहुत परेशानी हो रहल बा।

जामिया के सोझा बियफे गोपाल गोली चलवलस अउरी कपिल नाम के लइका शाहीन बाग में धरना प्रदर्शन पऽ हवाई फायर कइलस।

Related posts

Leave a Comment

9 + two =