आखिरकार शरजील इमाम आइल पुलिस के गिरफ्त में

भोजपुरी समय,जहानाबाद

देशद्रोह आ भड़काऊ भाषण देवे वाला दिल्ली के जेएनयू के छात्र  के आखिरकार दिल्‍‍‍‍ली पु‍लिस  बिहार पुलिस के मदद से बिहार के जहानाबाद के काको थाना क्षेत्र से गिरफ्तार कर लिहलस। शरजील इमाम एजा के एगो मस्जिद से मंगर के दिने गिरफ्तार भइल। एकरा के छःगो राज्यन के पुलिस खोजत रहल हियऽ। दिल्‍ली पुलिस शरजील के गिरफतार कइला के बाद ट्रांजिट रिमांड खातिर जहानाबाद के मुख्‍य न्‍या‍यिक दंडाधिकारी (सीजेएम) के कोर्ट में इमाम के पेश कइलस, जहंवा से सुनवाई के बाद कोर्ट शरजील इमाम के ट्रांजिट रिमांड दिल्ली पुलिस के  दे दिहले बा। अब शरजील के कोर्ट में ही मेडिकल टेस्‍ट होखी आ ओकरा बाद पुलिस उनकरा के अपने संगे दिल्‍ली ले आई।

जानकारी के मोताबिक दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच  मंगर के शरजील इमाम के बिहार के जहानाबाद के काको थाना क्षेत्र से गिरफ्तार कइलस। गिरफ्तारी के बाद बिहार पुलिस आ दिल्ली पुलिस के बीच वाद-विवाद भी हो गइल। बतावल जा रहल बा कि शरजील के गिरफ्तारी खातिर चलावल जा रहल ऑपरेशन में स्थानीय पुलिस भी दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच के टीम के संगे रहल।

शरजील के नेपाल भागे के रहल ह आशंका 

सूत्रन से मिलल जानकारी के मोताबिक शरजील इमाम के लेके कई तरह के कयास लगावल जात रहल ह। एह कयासन में से एगो कयास इहो रहल हऽ कि शाएद शरजील इमाम नेपाल भाग गइल होखी। ओकरा गिरफ्तारी के लेके इहो कहात रहल ह कि अगर ऊ(शरजील) नेपाल चल गइल होखी तब ओकर गिरफ्तारी मुश्किल हो जाई। एकरा से पहिले शरजील इमाम के लोकेशन बिहार में ही मिलल रहल हऽ।

Related posts

Leave a Comment

three − two =