अलगा-अलगा दुर्घटना में दू के मौत एगो घायल

भोजपुरी समय,छपराः आज सबेरे बिहार के छपरा जिला में अलग-अलग हादसा में दू लोग के मौत हो गइल ओहिजा एगो युवक गंभीर रुप से घायल हो गइल। प्राप्त खबरन के अनुसार छपरा के  दाउदपुर थाना क्षेत्र स्थित पीरो पोखरा के लगे बुधवार के  सबेरे ई दर्दनाक हादसा भइल। एह हादसा में बाइक सवार एगो युवक के मौत घटनास्थल पर ही हो गइल, जबकि दोसरका युवक गंभीर रूप से घायल हो गइल।

एके बाइक पर निकल रहले दूनु जना

घटना के बाद जंहा घायल युवक के आनन-फानन में छपरा सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा, जहां ओकर इलाज चल रहल बा। जबकि मरे वाला स्थानीय थाना क्षेत्र के जैतपुर साईं टोला निवासी मोबिन मियां के 22 साल के बेटा असगर आलम बतावल जा रहल बाड़े। एह घटना में गंभीर रूप से घायल होखे वाला युवको भी स्थानीय थाना क्षेत्र के सोनिया गांव निवासी मिश्रीलाल महतो के 18 साल के बेटा सिरीश कुमार महतो बाड़न।

हादसा के बाद ट्रक चालक ट्रक छोड़के भागल 

एह दुर्घटना के बाद हादसा में शामिल ट्रक के घटनास्थल से कुछ दूर आगा जाके ट्रक छोड़के फरार हो गइल। घटना के खबर मिलते पुलिस मौका पर चहुंप के शव के कब्जे में लेके ट्रक के जब्त कर लेले बा। शव के पोस्टमॉर्टम छपरा सदर अस्पताल में करावल जा रहल बा आ समाचार लिखाए तक प्राथमिकी के प्रक्रिया चलत रहल ह। थानाध्यक्ष के मोताबिक दुर्घटना के बाद ऊ मौका पर पहुंचके ट्रक के जब्त कर लिहले बाड़न।

ट्रक से चंपाइल बाइक सवार छात्र 

ओहिजा एगो आउरी घटना में छपरा-मुजफ्फरपुर एनएच पर ठिकहा मरीचा नाहर के लगे भी ट्रक से चांप भिला के कारण एगो परीक्षार्थी के मौत हो गइल। मरे वाला के पहिचान डेरनी थाना के बलिछपरा गांव के रहेवाला उपेंद्र राय के 17 बरिस के बेटा सोनू कुमार के रूप में भइल बा। बतावल जा रहल बा कि उ आपन इंटर के परीक्षा देवे खातिर एगो आउरी बेकती के संगे मोटरसाइकिल से छपरा जात रहले तबे इ घटना भइल।

जानकारी के मोताबिक परीक्षा देवे जाए खातिर सोनू मोटरसाइकिल से सबेरे लगभग सात बजे घर से निकलल रहले। उनका संगे मोटरसाइकिल पर उनकर एगो परिचित भी रहले। दुनू जना जब छपरा-मुजफ्फरपुर एनएच पर ठिकहा मरीचा नाहर के लगे चंहुपल लोग तबे ओह लोग के मोटरसाइकिल एगो ट्रक के चपेटा में आ गइल जेकरा चलते सोनु के मौत घटनेस्थल पर हो गइल। ओहिजा पाछा बइठल सवार जख्मी हो गइले । अस्थानीय लोगन के सूचना पर पहुंचल गड़खा थाना के पुलिस उनका के हस्पीटल चंहुपवलस। जहां निजी डॉक्टर के लगे उनकर इलाज हो रहल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक मृतक सोनु के पहिचान उनकरा परीक्षा प्रवेश पत्र के आधार से भइल। एह घटना के खबर जब मरे वाला के घरे पहुंचल त ओहिजा मातम पसर गइल।  एह मामला में सोनू के भाई  गड़खा थाना में प्राथमिकी दर्ज करवले बाड़न।  तीन भाइयन में सोनू सबसे छोट रहले हं।

Related posts

Leave a Comment

ten + thirteen =