अरविन्द केजरीवाल तीसरी बेर लिहलन मुख्यमंत्री पद के शपथ

अरविन्द केजरीवालनई दिल्ली

आज सबेरे दिल्ली के रामलीला मैदान में आम आदमी पार्टी से राष्ट्रीय संयोजक अउरी दिल्ली के दू बेर के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल तीसरी बेर मुख्यमंत्री के शपथ लिहलहन। दिल्ली के राज्यपाल अनिल बैजल अरविन्द केजरीवाल के पद अउरी गोपनीयता के शपथ दियववलन।

दिल्ली के नया सरकार में अरविन्द केजरीवाल के संगे छव गो अउरी मंत्री शपथ लिहलहन। मनीष सिसोदिया, गोपाल राय, कैलाश गहलोत, सत्येंद्र जैन, राजेन्द्र पाल गौतम अउरी इमरान हुसैन मंत्री पद अउरी गोपनीयता के शपथ लिहल ह लो।

दिल्ली विधान सभा चुनाव 2020 में आम आदमी पार्टी आप 70 गो में 62 गो विधानसभा सीट जीत के दिल्ली में सरकार बनवले बे। भारतीय जनता पार्टी एह चुनाव में 8 गो विधानसभा सीट जीतले बिया।

Related posts

Leave a Comment

four × 3 =