अमरीका के संगे तीन अरब डॉलर के भइल रक्षा समझउता

नई दिल्ली इस्थित हैदराबाद हाउस में साझा बयान जारी करत ट्रंप आ पीएम मोदी
  अमरीका के संगे तीन अरब डॉलर के भइल रक्षा समझउता

भोजपुरी समय, नई दिल्लीः अमरीकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के भारत यात्रा के दूसरका दिने मंगर के नई दिल्ली इस्थित हैदराबाद हाउस में मोदी-ट्रंप के बीचे द्विपक्षीय बातचीत भइल। एह बातचीत के बाद दूनू नेता एगो साझा बयान जारी कइले। एह बयान में ई लोग बतवले कि दूनू देशन के बीच तीन अरब डॉलर के रक्षा सौदा पर हस्ताक्षर भइल बा। एकरा अलावा एह बयान में ई लोग ईहो कहल कि आतंकवाद के खिलाफ अमरीका आ भारत दूनू देश मिलके लड़ाई लड़ी। एह बयान में राष्ट्रपति ट्रंप कहलें कि एह समझउता के अलावा जल्दीए व्यापार समझउतो पर बातचीत शुरू कइल जाई।

भारत अपाचे आ एमएच-60 हेलीकॉप्टर अमरीका से खरीदी

अमरीका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप कहलें कि, ‘मेलानिया आउर हम भारत के महिमा आ भारतीय लोगन के असाधारण उदारता आउर आदरता से विस्मित बानी सं। प्रधानमंत्री मोदी से कहलें कि हम रउरा गृह राज्य के लोगन के द्वारा कइल गइल हमनी के शानदार स्वागत के हरमेशा याद राखेब सं। ऊ ईहो कहलें कि दूनू देश आतंकवाद के खिलाफ लड़ाई लड़े खातिर आपस में सहमत बा। हमनी के आज अपाचे आउर एमएच-60 रोमियो हेलीकॉप्टर सहित दुनिया में बेहतरीन- उन्नत अमरीकी सैन्य उपकरणन के तीन अरब से अधिका के खरीदी खातिर भारत के संगे समझउतन के संगे-संगे अपना रक्षा सहयोग के विस्तार कइले बानी जा। ई समझउता हमनी के संयुक्त रक्षा क्षमता के बढ़इहें।’

अमरीका आ भारत के संबंध 21वीं सदी के सबसे महत्वपूर्ण साझेदारी में बा- प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

हैदराबाद हाउस में राष्ट्रपति डॉनलड ट्रंप के संगे साझा बयान में भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलें कि, अमरीका आ भारत के संबंध 21वीं सदी के सबसे महत्वपूर्ण साझेदारी में बा आ एही से आज राष्ट्रपति ट्रंप आ हम, हमनी के संबंधन के “कॉम्प्रिहेन्सिव ग्लोबल स्ट्रैटेजिक पार्टनरशिप”  के स्तर पर ले जाए के फइसला लिहले बानी सं। आतंक के समर्थकन के जिम्मेदार ठहरावे खातिर आज हमनी अपना प्रयासन के आउर बढ़ावे के निश्चय कइले बानी जा।

Related posts

Leave a Comment

twenty − 1 =