अंडर-19 वर्ल्ड कप में भारत 9वां बेर सेमीफाइनल में चंहुपल

अंडर-19 वर्ल्ड कप में भारत 9वां बेर सेमीफाइनल में चंहुपल, ऑस्ट्रेलिया के 74 रन से हरवलस; अब पाकिस्तान से हो सकता मैच

भोजपुरी समय, खेल डेस्कः भारत दक्षिण अफ्रिका में चल रहल अंडर-19 वर्ल्ड कप के क्वार्टरफाइनल में ऑस्ट्रेलिया के 74 रन से हरा दिहले बा। एह जीत के संगहीं टीम इंडिया टूर्नामेंट के इतिहास में नउंवां बार सेमीफाइनल में चंहुपे में कामयाब रहल। अब सेमीफाइनल में भारत के मुकाबला पाकिस्तान या अफगानिस्तान से हो सकत बा। दुनों टीमन के बीच चउथा क्वार्टरफाइनल 31 जनवरी को होखे के बा। भारत के सेमीफाइनल मैच 4 फरवरी के होखी।

ओहीजा ऑस्ट्रेलिया के टीम साल 2008 के बाद पहिला हाली एह टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में ना पहुंच पावल। दक्षिण अफ्रीका के पोट्चेस्ट्रूम में खेलल गइल एह मुकाबला में ऑस्ट्रेलिया टॉस जीतके गेंदबाजी के फैसला कइले रहल हऽ। भारत पहिले बल्लेबाजी करे के नेवता मिलला के बाद 50 ओवर में 9 विकेट पर 233 रन बनवलस। एकरा जबाव में ऑस्ट्रेलिया के पूरा टीम 43.3 ओवर में मात्र 159 रन पर ऑलआउट हो गइल। एह मैच में 4 विकेट लेबे वाला कार्तिक त्यागी के मैन ऑफ द मैच चुनल गइल।

  • ऑस्ट्रेलिया के 74 रन से हरा भारत सेमीफाइनल में, 9वां बार सेमीफाइनल में पंहुचल भारत
  • भारत 233 रन बनवलस, ऑस्ट्रेलिया के टीम 3 ओवर में 159 रन पर भइल ऑलआउट
  • कार्तिक त्यागी भारत खातिर लिहले 4 विकेट, तऽ यशस्वी 62 आ अथर्व बनवले 55 रन
  • भारतीय टीम पछिला बार फाइनल में ऑस्ट्रेलिया के ही 8 विकेट से हराकर बनल रहे चैम्पियन

Related posts

Leave a Comment

3 × four =