अंडर-19 क्रिकेट विश्वकप के फाइनल में पहुंचल भारत, सेमीफाइनल में पाकिस्तान के 10 विकेट से हरवलस टीम इंडिया

अपना शतकीय पारी के दौरान एगो शॉट लगावत जायसवाल

भोजपुरी समय, स्पोर्ट्स डेस्क:  दक्षिण अफ्रीका में चल रहल अंडर-19 विश्वकप के पहिलका सेमीफाइनल में पछिला बेर के चैम्पियन भारत आज अपना चिर-प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान के 10 विकेट से हराके शान से प्रतियोगिता के फाइनल में जगह बना लेहले बा। टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी कऽ के पाकिस्तान-19 के पूरा टीम मात्र 172 के स्कोर पर 43.1 ओवर में ऑलआउट हो गइल। एकरा बाद लक्ष्य के पीछा करे उतरल टीम इंडिया के दूनू सलामी बल्लेबाज सधल बल्लेबाजी करत टीम के 35.2 ओवर में बिना कवनो नोकसान के जीत दिउवा के ही वापस लवटल हऽ लोग। एह मैच में भारत के ओर से यश्सवी जायसवाल नाबाद रहते शानदार सैकड़ा जड़ले हन त नहीं उनकर साथी दिव्यांश सक्सेना अर्धशतक लगवलन हऽ। ई अंडर-19 क्रिकेट विश्वकप के इतिहास में पहिला बेर भइल बा जब कवनो टीम 10 विकेट से मैच जीतके फाइनल में चंहुंपल होखे।लव अब  फाइनल में भारत के मुकाबला कवना टीम से होई एकर पता 6 फरवरी के एही मैदान पर बांग्लादेश-19 आ न्यूजीलैंड-19 के बीच होखे वाला मैच के बाद चली। एह जीत के संगहीं भारत-19 टीम अंडर-19 क्रिकेट विश्वकप में पाकिस्तान के संगे 5-5 के बराबरी पर आ गइल बा। एकरा से पहिले एह टूर्नामेंट के कुल्ह संस्करणन में भइल नवगो मुकाबलन में  से पाकिस्तान-19 पांचगो आ भारत-19 चारगो मुकाबला जीते में कामयाब भइल रहल हऽ।

भोजपुरी समय के ओर से टीम इंडिया के एह जीत पर अनघा बधाई आ फाइनल में जीते खातिर शुभकामना बा।

Related posts

Leave a Comment

13 − ten =