भोजपुरी के अस्सिटेंट प्रोफेसर बनले छपरा के लाल डॉ. पवन कुमार,

धर्मेंद्र पांडेय, भोजपुरी समय, मशरक (सारण): भोजपुरिया बधार खातिर एगो खुशखबरी बा। दरअसल बाबा साहेब भीमराव अम्बेडकर विश्वविद्यालय मुजफ्फरपुर, बिहार में सारण जिला के तरैया थाना क्षेत्र के डुमरी छपिया गांव के कन्हैया साह के बेटा डॉ. पवन कुमार के चयन भोजपुरी में असिस्टेंट प्रोफेसर के पद पर बिहार राज्य विश्वविद्यालय सेवा आयोग पटना के द्वारा कइल गइल बा। पवन कुमार के एह उपलब्धि के खबर सुनके सगरी जवार में खुशी के लहर दउड़ गइल बा। एही क्रम में एतवार के मशरक रेलवे स्टेशन रोड पर एगो सम्मान कार्यक्रम के…

Read More

शिक्षक दिवस विशेष

शिक्षक दिवस पर पढ़ीं श्री संजय कुमार ओझा जी के ई आलेख जय गुरु जी आज शिक्षक दिवस ह। माने वोह व्यक्तित्व के इयाद करे के एगो दिन, जे हमनी के व्यक्तित्व के बनावे आ बढ़ावे में सबसे अहम भूमिका निभवले बा। भारतीय संस्कृति में सबसे पहिला शिक्षक माई के मानल गइल बा। “माई” जे अपना बच्चन के भबिस बनावे खातिर आपन सब कुछ निछावर क देली। अंगुरी ध के चलावे से ले के उठल, बइठल, खाइल, नहाइल, इहां ले कि परिवार – समाज में हर इन्सान के चिन्हे, जाने…

Read More

” शिक्षक दिवस ” आ हम शिक्षक – प्रो. ( डॉ. ) जयकान्त सिंह ‘जय’

शिक्षक दिवस पर पढीं प्रो. ( डॉ. ) जयकान्त सिंह ‘जय’ जी के लिखल ई आलेख                                                   ” शिक्षक दिवस ” आ हम शिक्षक– प्रो. ( डॉ. ) जयकान्त सिंह ‘जय‘ जब से कुछ टेवलगर भइनीं आ इस्कूल में पहुँचावल गइनीं तबे से ०५ सितम्बर के ‘ शिक्षक दिवस ‘ मनावे के बात भुलाये ना। हमार गाँवो किसान, सैनिक जवान आ सही में देखीं त शिक्षके…

Read More

गरदन माला हृदय अघाई

गरदन माला हृदय अघाई माला मालिन बनावेलिन, माली माला बेचेलनि। माला फूल के होला, माला कागज के होला, माला पनही के होला। माला छोट होला, माला मोट होला, माला हलुक होला, माला भारी होला। माला असली होला,माला नकली होला, माला बाली के होला, माला सुग्रीव के होला। माला गुथाला, माला गिनाला, माला जपाला। माला किनाला, माला बेचाला। रामलीला में माला उठेला, मंदिर में माला चढ़ेला, रैली में माला फेकाला । माला जिन्दा पेन्हेला, माला मुर्दा पेन्हेला। माला हार कहाला, बाकि माला जीत के होला। माला गोल होला, माला साल ओढ़ा…

Read More

मढ़ौरा गोरा हत्याकांड

मढ़ौरा गोरा हत्याकांड  ओने अंग्रेजन के गोली ऐने किसानन के टोली गूंजे जय हिन्द के बोली उ मरहौरा में…. ई मास्टर अजीज द्वारा गावल खाली एगो गीत ना ह बलुक इतिहास के उ दस्तावेज ह जवन खाली अइसन कुछ गीत में दब के रह गइल बा। आज हमनी अइसने गुमनाम दस्तावेज में से भारतीय स्वाधीनता संग्राम के कुछ अइसन क्रांतिकारियन के याद कइल जाई जेकरा के भूला दिहल गइल बा। भारतीय स्वतंत्रता संग्राम खातिर अगस्त महीना के बहुत मोल बा। 15 अगस्त के आजादी त मिलबे कईल बाकी एकरा अलावा…

Read More

रेडियो के लोहा सिंह – पद्मश्री रामेश्वर सिंह कश्यप

आज रेडियो के मशहूर नाटक ‘तसलवा तोर की मोर’ के रचयिता आ लोहा सिंह जइसन अमिट छाप छोड़ने वाला किरदार के अपना आवाज से जनमानस के स्मृति पटल पर अंकित करें वाला सुप्रसिद्ध साहित्यकार श्री रामेश्वर सिंह कश्यप जी के जन्मदिन बा, एह अवसर पर वरिष्ठ रंगकर्मी आ पत्रकार के संगे संगे साहित्यकार श्री लवकांत सिंह लव जी अपना लेखनी का माध्यम से रामेश्वर जी के श्रद्धासुमन दे रहल बानी। रेडियोके लोहा सिंह – पद्मश्री रामेश्वर सिंह कश्यप     अध्यात्म से लेके विज्ञान तक, जवान से लेके किसान तक,…

Read More

का ह कजरी?

सावन के एगो पख बीत रहल बा आज, मने सावन के आज अमावस ह। सावन में अइसे त धरती हरियराइल रहेली आ धरतीए ना बलुक पूरा संसार हरियर भइल रहेला। एह दौरान गांव जवार में पहिले नया उमिर के लइकिन आ नया नोचर कनिया लोग झिलुआ लगाई लो आ कजरी गाई लो। अबहूंओ कतहीं कतहीं ई सुना जाला, त आखिर का ह कजरी? एकर का कहानी ब आईं कजरी के बारे में कुछ जानकारी लिहल जाउ प्रसिद्ध लोकगीत गायक श्री शशि अनाड़ी ब्यास जी के लिखल एह आलेख से- कजरी…

Read More

इंसानियत जिंदाबाद आ रोटी बैंक छपरा में बंटलस प्यार वाला रोटी

भोजपुरी समय, शैलेन्द्र कुमार साधु, छपरा (बिहार):- बिहार के छपरा जिला के जलालपुर प्रखंड के चर्चित सामाजिक संस्था इंसानियत जिन्दाबाद छपरा शहर में ऑल इंडिया रोटी बैंक छपरा के सदस्य लोग के संगे घूम-घूम के अलग-अलग चउक चौराहा पर गरीब आ भुखाइल लोग में भोजन के वितरण कइले। अइसे त ऑल इंडिया रोटी बैंक छपरा के सब सदस्य लोग रोज रात में घूम-घूम के भोजन खियावेले,  छपरा शहर के हर चउक-चउराहा, छपरा शहर के अलग-अलग आश्रय स्थलन के संगे-संगे छपरा जंक्शन आदि सगरो जगहा निस्वार्थ सेवा करेले। बाकि काल्ह ई…

Read More

टीम इंसानियत जिंदाबाद अलग तरीका से मनवलस गुरु पूर्णिमा

भोजपुरी समय, शैलेन्द्र कुमार साधु, किशुनपुर, सारण: गुरु पूर्णिमा के दिने जहां सभे आपन आपन आदरणीय गुरुदेव के पूजा करे आ ऊंहा से आशीर्वाद लेवे में लागल रहे, ओही समय में छपरा जिला के जलालपुर प्रखंड में युवा आ प्रौढ़ लोगन के बनल संगठन इंसानियत जिंदाबाद के सदस्य कुछ अलग काम कइले। दरअसल ई लोग पर्यावरण संरक्षण खातिर पौधन के दान आ शिवालय में भजन कीर्तन क के गुरु पूर्णिमा मनवले। एह संस्था के सदस्य लोग प्रखंड के किशुनपुर में स्थित शिवालय परिसर में संचालित वेद-वेदांग संस्कृत विद्यालय के कर्ताधर्ता…

Read More

वैक्सीने बचाई कोरोना के संक्रमण से – सिविल सर्जन डॉ. जे. पी. सुकुमार

धर्मेंद्र पांण्डेय, भोजपुरी समय, मशरखः “वैक्सीन हीं कोरोना संक्रमण से बचायेगा” ई कहनाम बा बिहार के छपरा जिला के सिविल सर्जन डॉ. जेपी सुकुमार के। एगो पत्रकार वार्ता में डॉ. सुकुमार कहलन कि कोरोना टीकाकरण के लेके नागरिकन में जबरदस्त उत्साह देखल जा रहल बा। एकरा बावजूदो कुछ लोगन में भ्रम के स्थिति बनल बा। जिला में आ राज्यन में निःशुल्क टीकाकरण हो रहल बा। कोरोना से बचाव खातिर सबसे सशक्त उपाय टीकाकरणे बा। कोरोना के संभावित तीसरका लहर में टीकाकरण से लाभांवित लोगन में संक्रमण के आशंका बहुत कम…

Read More